shabd-logo

नायका बारिस

29 दिसम्बर 2017

121 बार देखा गया 121

नायका बरिस लेके आईल बहार हो

नाया नाया होई हजार धमाल हो |

मन के भीतरिया ख़ुशी के उमंग

आकाश में चमके सतरंगी पतंग |

दईब करस कुछु अईसन कमाल

जिनगी में हो जाये खुशी के बहाल |

देशवा में होता कईसन बवाल

ओराजाय दुःख बिपत के ईनार |

देसवा में बहे शांति के बयार

मनवा में होखे पिरितिया के बास |

होखे जिनिगिया से दुःख गरीबी दूर

तबे होई नायका बरिस के स्वागत मजा भरपूर |

अच्छा दिन के बात करS , ढेर करी अच्छाई |

नायका सरकार के सघे चलS , दूर भागी महगाई |

नायका बरिस में मत करी , भ्रष्टाचार करिया कमाई |

तनिको दईब से भय करS , तबे होई तोहर बढ़ाई |

मत करS कवनो अईसन कार

जईसे होखे राउर नायका बरिस ख़राब |

माई बाप S नांव करS , बनS तू लायक लाल |

नाया बरिस लेके आईल , शांति तरक्की के बहार |

नाया बरिस के का बात बाटे , बहुरिया के गालिया भईल लाल बाटे |

सजना के बाट जोहे में , नयना से बहत लोर बा

नयना बा धसल , सजना के मनवा में जा बसल |

सजना बाड़े बउराईल , सजनी के सुरतिया के घुरिआईल

कब होई मिलन , आईल नायका बरिस के उमंग |


किताब पढ़िए

लेख पढ़िए