shabd-logo

उनकर आहट

18 दिसम्बर 2017

169 बार देखा गया 169
featured image

छन छन छनके

आहट सुन के मन गचके

जाने कवन राहे अहिये

एहे सोच के मन खटके |

आदत अईसन उनकर भईल

बिना सोचे मन तरसे

नासा केतना नसीला होला

देख के उनके अईसन सूझे|

अंग अंग के अईसन रचना

लागे फुरसत में रहले राम

तनिको हमनियो पर रहित धयान

लिहती हजार नैना हथिया|

कारी कजरा मदहोस बा कईले

चाल बा पागल बनवले

हाथ के मेहदी के करामत सुनS

सुनरता बा चार चान लगवले|

कमर कमानी पातर छितर

चिकन बा चाम हो

माछी बइठत छिछ्लत जाले

काबू में ना होला ओकर देह हो|

माई बाप के धन्यबाद करS

अईसन जन्मवले चान हो

देख के अखिया टकटकी लगावे

छोड़ जाला देह के साथ हो|

गजब के गोराई देख के

अंग अंग होजाला छितराय हो

बनठन के निकलेली अईसे

पगला जाले नैना हाजार हो |

पायल छनके चूड़ी खनके

ओठ के लाली मंद मुस्कान

जाने कईसन किस्मत होखी ओकर

जेकर जिनगी होखी बाहार |

घर गमकी मन बहकी

जईबू जेकर अगना हो

केतान्न के मन तरस गईल

आस बा लागल येन्हू हो |

4
रचनाएँ
princerituraj
0.0
आपन अस्तित्व चाहे उ भारत से हो भा भोजपुरी भाखा से , ओकरा के बचावे के रचना से प्रयास | आई सभे मिल के हक़ आ सही इतिहास के जानी जा | भोजपुरी अवुर हिंदी रचनाकार | कवनो संपर्क करे चाही तऽ - कॉल - 9851605808 & व्हाट्सप्प - 9933045060 जय भारत अखंड भोजपुरी
1

आईनी काशी

18 दिसम्बर 2017
0
0
0

मोदी आईनी काशी हई उहा कS भारत बासी भारत के मिलता पहचान अब कशी बनता भारत के शान अबकशी करे निहोरा अब भोजपुरी के सम्मान करS पूरा देश बिदेश में डंका बाजल पूरा हिन्द के शोर गुजल अबले कशी धम्म के नगरीमोदी कईनी आपन करम के नगरीकशी से बाटे मोदी के नाता मोदी भईनी भारत के भाग्यबिधा

2

उनकर आहट

18 दिसम्बर 2017
0
1
0

छन छन छनके आहट सुन के मन गचके जाने कवन राहे अहिये एहे सोच के मन खटके |आदत अईसन उनकर भईलबिना सोचे मन तरसेनासा केतना नसीला होलादेख के उनके अईसन सूझे|अंग अंग के अईसन रचनालागे फुरसत में रहले रामतनिको हमनियो पर रहित धयानलिहती हजार नैना हथिया|कारी कजरा मदहोस बा कईलेचाल त बा पागल बनवलेहाथ के मेहदी के करामत

3

अज्ञानी शिक्षकगण

18 दिसम्बर 2017
0
0
0

इस शब्द का मतलब सभी अच्छी तरह से समझाते है |लेकिन ये शब्द सिर्फ झारखण्ड ,यूपी ,एमपी ,राजस्थान ,बिहार ,छ.ग ,उत्तराखंड ,दिल्ली ,हरियाणा आदी जैसे राज्यों के हिंदी माध्यम के शिक्षक लिए है| ये बच्चो को बताते हैकी हिंदी हमारी मातृभाषा है , तो

4

एकजुटता के अभाव

18 दिसम्बर 2017
0
0
0

सबसे बड़हन सवाल इ बा की केतना लोग आपन मईभासा(भोजपुरी) के लेके एकजुट बा लो, केतना लो क आपन अस्तित्व से मतलब बा , चाहेकेतना लो इ कह के निकल जाला की एकरा फेरा में पड़ के कऊनो खाए के मिले वाला बा .अगर इहे बात झारखण्ड में रहेवाला बंगाली सोचलेरहतन सन त आज झारखण्ड के दूसरा भासा में

---

किताब पढ़िए

लेख पढ़िए